fbpx
Thursday, July 7, 2022
Home Entertainment Bhojpuri: जीतेंद्र उर्फ जीतू जी के लभ स्टोरी उनका फिल्मन जइसन ही...

Bhojpuri: जीतेंद्र उर्फ जीतू जी के लभ स्टोरी उनका फिल्मन जइसन ही रंगीन आ जीवंत रहल बा


लइका कॉलेज में अपना प्रेयसी के इंप्रेस करे खातिर जीतेंद्र के हेयरस्टाइल आ लुक कॉपी करsसन. जीतेंद्र के फिल्म जेतना रंगीन रहे, ओकर गाना भी ओसहीं डांस आ बीट से भरल रहे. अपना संघर्ष के दिन के साथी राजेश खन्ना जइसन जीतू जी पर भी अविवाहित, विवाहित सभ महिला कुर्बान रहली सन. महाराज ओह दौर के पति लोग के जीतू जी हरजाई लेखां लागस, जे ओकरा पत्नी पर अपना शख्सियत के मोहपाश फेंक देले होखस.

जइसे सभके चहेता जीतू जी के फिल्म रंगीन रहली सन, ओसहीं उनके निजी जीवन में लभ स्टोरी भी रंगीन अउरी जवान दिल रहल. हाँ बाकिर उनके जिनगी में जुदाई आ दिल टूटला के पतझड़ भी आइल. आज फिल्मी सुग्गा ले आइल बा उनके फिल्मन जइसन रंगीन लभ स्टोरीज के संकलन, पढ़ीं आ आनंद लीं.

उनके पत्नी शोभा कपूर के चलते कइसे उनके जान बचल
जीतू जी के कपड़ा उजर रहे बाकिर उनके जीवन रंगिनीयत से भरल रहे. जीतू जी के करियर 1960 से 90 के बीच खूब चलल. लगभग 200 फिल्मन से 121 गो फिल्म उनके बॉक्स ऑफिस पर गर्दा उड़वलस. उनके पहिला हिट फिल्म रहे फर्ज आ ओकर गाना ‘मस्त बहारों का मैं आशिक’ में उनके सफेद पैंट आ जूता उनके ट्रेडमार्क बन गइल. जीतू जी के पत्नी शोभा कपूर बचपने से जीतेंद्र के चाहत रहली. ऊ 14 साल के उमिर में जीतेंद्र से मिलली आ उनके हो गइली. उनके आ जीतेंद्र के लभ स्टोरी लगभग 6-7 साल से प्रेमी-प्रेमिका के रूप में चलल अउरी बाद में दुनू जाना 1974 में एगो सामान्य आयोजन में बियाह कर लिहल लोग.

जीतेंद्र उनके जीवन के एगो बड़ घटना बतावेलें. ऊ 1976 में 12 अक्टूबर के दिने मुंबई से मद्रास के फ्लाइट पकड़े वाला रहलें. ओह दिन करवा चौथ रहे अउरी उनके पत्नी शोभा उनके जाए से मना कइली ताकि ऊ आपन व्रत जीतेंद्र के देख के तूर सकस. जीतेंद्र हालांकि जरूरी काम से जात रहलें एही से एयरपोर्ट चल गइलें. बाकिर फ्लाइट लेट रहे त वापस घरे आ गइलें कि व्रत तुरवा के जइहे. इहाँ उनके पत्नी व्रत तूरला के बाद रोक लेहली, कहली कि अगिला दिने जाएब.

कुछ देर बाद ऊ खिड़की पर खड़ा रहलें त देखत बाड़ें कि एगो बड़ आग के गोला आसमान से धरती के ओर गिरsता. ओकरा बाद उनके फोन घनघनाए लागल, लोग लागल उनके कुशल मंगल पूछे. दरअसल इंडियन एयरलाइन्स के ऊ फ्लाइट जेकरा से जीतेंद्र जाए के रहलें, ऊ इंजन के खराबी के चलते क्रैश कर गइल रहे अउरी ओमें सवार 95 लोग मर गइल रहे. जीतेंद्र एकरा के आपना पत्नी के माँगल सौभाग्य मानेलन.

ड्रीम गर्ल हेमा मालिनी के ड्रीम बॉय बनत-बनत, स्टोरी से काहें बाहर हो गइलें जीतेंद्र
जीतेंद्र हेमा मालिनी के प्यार में पड़ गइल रहलें. दूनू जाना दुल्हन के सेट पर पहिला बार मिलल रहे लोग. हेमा जबकि धर्मेन्द्र के बेतहाशा प्यार करत रहली, जीतेंद्र के ऊ खाली दोस्त मानस. जीतेंद्र के पसंदगी अउरी हेमा आ धर्मेन्द्र के बीच के अफेयर के भनक हेमा के परिवार में लाग गइल. हेमा मालिनी के परिवार ई कबो ना चाहत रहे कि धर्मेन्द्र से उनके बियाह होखे काहे कि ऊ शादीशुदा रहलें अउरी उनके चार गो बेटा बेटी रहलें. हेमा के परिवार जीतू जी से उनके बियाह करे खातिर तइयार रहे. बिना केहू के बतवले जितेंद्र के परिवार अउरी हेमा के परिवार मिल के दुनू जाना के बियाह करावे खातिर एक जगह इकट्ठा भइल. ई खबर बंबई धर्मेन्द्र के लगे पहुंचल. धर्मेन्द्र आनन फानन में जितेंद्र के तब गर्लफ्रेंड रहल शोभा के लेके पहुँच गइलें. धर्मेन्द्र हेमा के घरे गइलें जहां सभे मौजूद रहे. बड़ा नाटकीय ढंग से धर्मेन्द्र के जिद कइला पर हेमा मालिनी के साथे अकेले कमरा में बात करे दिहल गइल. एने शोभा भी ओहिजा रहली आ जितेंद्र अउरी हेमा के परिवार रूम के बाहर रहे. हेमा रूम से बाहर लोराइल आँख लेके निकलली आ कहली कि ऊ धर्मेन्द्र से ही बियाह करीहें. जितेंद्र के परिवार एह बात पर गुस्सा में घर से निकल गइल अउरी बाद में जितेंद्र अउरी शोभा के बियाह करा दिहल.

रेखा आ श्रीदेवी से भी जुड़ल जीतेंद्र के नाम
अइसन फिल्मी दुनिया के जानकार लोग दावा करेला कि ‘एक बेचारा (1972)’ फिल्म के शूटिंग के बेरा ही रेखा अउरी जितेंद्र के बीच नजदीकी बढ़ल रहे. हालांकि रेखा के चलते जीतेंद्र के कई गो फिल्म भी मिलल. बाकिर दुनू जाना में दूरी तब आ गइल जब ऊ एगो जूनियर आर्टिस्ट के सामने ई कहि दहलें कि रेखा त उनका खातिर टाइम पास हई. रेखा उनका से आपन रिश्ता खत्म कर लेहली.

जीतेंद्र आ श्रीदेवी के बीच भी करीबी बढ़ल रहे जब ऊ लोग हिम्मतवाला फिल्म के शूटिंग करत रहे लोग. ई फिल्म आ दुनू जाना के जोड़ी खूब हिट भइल रहे. ई लोग साथ में ‘जानी दोस्त’, ‘जस्टिस चौधरी’ फिल्म कइल लोग. दुनू जाना के नजदीकी के चर्चा फिल्मी दुनिया में एतना बढ़ गइल कि जीतेंद्र के बीवी शोभा परेशान हो गइली. ऊ एक बार श्रीदेवी के भोजन पर भेंट कइली अउरी ओह मीटिंग के बाद जितेंद्र आ श्रीदेवी के रिश्ता खत्म होखे लागल आ फेर दुनू जाना के रास्ता कबो ना टकराइल.

जीतू जी आपन बुढ़ापा के अब लुत्फ ले रहल बाड़ें. उनके पत्नी उनका साथे रहेली. उनके बेटी एकता कपूर टीवी के दुनिया के स्थापित निर्माता बाड़ी आ बेटा तुषार कपूर अभियो संघर्ष ही करत बाड़न.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा और साहित्य के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri, Bhojpuri Articles



Source link

RELATED ARTICLES

कार्तिक आर्यन को देख फैंस को नहीं हुआ यकीन तो एक्टर बोले- ‘आधार कार्ड दूं?’ देखें मजेदार VIDEO

कार्तिक आर्यन (Kartik Aaryan) अपनी फिल्म ‘भूल भुलैया 2’ की वजह से सुर्खियों मे बने हुए हैं. वे अपनी शानदार परफॉर्मेंस के दम...

सैफ अली खान लंदन में अपने बच्चों के साथ यूं मना रहे छुट्टियां, PHOTOS में जेह के साथ दिखे सारा और इब्राहिम

बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता सैफ अली खान (Saif Ali Khan) और मशहूर अभिनेत्री करीना कपूर खान (Kareena Kapoor Khan) आए दिन अपने...

Thanks to Support using this Blog site.

Most Popular

कुछ दिनों बाद इन राशियों पर बरसेगी मां लक्ष्मी की कृपा, खूब होगा धन- लाभ

ज्योतिष में शुक्र ग्रह को महत्वपूर्ण ग्रह माना जाता है। शुक्र ग्रह के शुभ होने पर मां लक्ष्मी की भी विशेष कृपा प्राप्त...

सारा-कार्तिक के रिश्ते को लेकर करण जौहर ने किया खुलासा, बोले- मेरे शो के बाद ही दोनों…

Karan Johar On Sara Kartik Relationship: मशहूर चैट सो कॉफी विद करण सीजन 7 की शुरूआत गुरुवार से...

Recent Comments